अब देख भइया, भगवान के नीमन-बाउर के दूनो के जोगाड़ करे के रहे,उहो आटोमेटिकवे हो!!
बस का कइले जे कुल्हि अवगुन-गुन के जोड़ी आदिमी के दिमाकावा में भरि दिहले,ओहि में हइ किरोध-आनन्,
अभिमान आ विनमर, लालच- उदार,
घिरना आ परेम आ एहि तरे कतने सवदगर गुन -अवगुन भरा गइले स।
अब का कइले जे एह जोड़ी के परबंधन खातिर एह गुनवन के नाथि के सेट बना दिहले जवना के हमनी के सुभाव कहेनी जा।
इहे ना एमे अदल-बदल के जोगाड़ो कई दिहले बाकिर ओकरा के करम से जोड़ि दिहले।
ई कुल्हि परोग्रामिंग कइके रिमोटवा आपना लगे राखि लिहले। तबे नु कहल जाला जे सबहि नचावत राम गुसाईं।
अब बुझा गइल नु सभ उनुकरे हाथ में बा एह से उनुकरे सरन में गइल ठीक बा। बुध्दम शरणम गच्छामि।🙏